धनु (Sagittarius): (ये, यो, भा, भी, भु, ध, फ, ढ़, भे)

0
15

२०७६, सावन २० से २६ तक 

स्थितिमे कुछ सुधार आ रहल देखल बा । मेन मेन काम रोक सकेके योग रहल बा । मानसिक दबाब भी हो सकता । संयमता आ उपाय अपनाके अगाडी बढलामे समय उपलब्धिमूलक रही । मङ्गरसे मानप्रतिष्ठा  मिलेके आ उच्च अधिकारीसे सम्पर्क बढा सकतानी । उद्योग व्यवसाय आ नोकरी पेशा आदि कामकार्जमे सफलता हाथ लाग सकता । बिअफेके दिनसे खोजल जइसन काममे रोकावट आ सकता । कुछ आम्दानी बढी । कर्जा सहजोग मिल सकता आ कुछ थाति रहल कामके पूरा करे सकेके सम्भावना बा । समय के सदुपयोग कइलासे फाएदा होखी । शनिचरके खर्च, माल सामान भुला सकता । इ हप्तामे भगवान महावीर हनुमान, विध्नविनाशक गुरुगणपतिके साथमे भैरवजीके स्तुति कइलासे लाभ होखी ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here