तुला (Libra): (रा, री, रू, रे, रो, त, ती, तु, ते)

0
37

२०७६, सावन २० से २६ तक 

शुरुके दिनमे व्यापार आ व्यवसाय आदि से लाभ हो सकता । समयके सदुपयोग करत स्वकर्म आ कार्वक्षेत्रमे जादे समय देहल बुद्धिमानी होखी । प्रेम आ विआह प्रसङ्गके पक्षमे भी अनुकूल योग बा । मङ्गर आ बुधके कुछ प्रतिकूलता खडा होखेके आ खर्चके भार बढेके याग रहल बा । काममे रोकावट आ सकता । बिअफेके दिनसे फेनसे अपनेके भागमे सुधार आई, आन्नद मिली आ कामकार्ज आ व्यवसायमे फाएदा होखेके योग बा । नोकरीमे निमन प्रभाव डाल सकतानी । आर्थिक उपार्जन कर सकतानी । य हप्तामे भगवान भैरवदेव आ गुरुगणपतिके दर्शन आ भक्ति कइलासे शुभफल मिली ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here